wordpress blog stats

भोजपुरिया बात

BY- Dr. Garima Tiwari (B.A.S.M)
Gold medal in Reiki
Specialized in P.K.M (Power key meditation), Face Reading, Aura Reading, Aura healing, Medtational Healing.
Functional Area-
Treatment- mental problems, memory power, respiratory problems, nerve disorder, heart problem, skin problem.
Healing- Environment, Relationship, Infant.
Boosting- Career opportunities, Luck. Wealth.




राजा जी रऊआ, बोलवले रहनी हा?
ह हो राजु, ऊ देख ना, क गो सनेसा भेजवा देनी, ऊ पूलिसिया अभी ले ना आईल, तनि जा के देख त कओनो नया बच्वा आ गईल बुझात बा, जे अभी ल आईल हा ना।
बुझात ईहे बा राजा जी, ना त राऊर हुकूम टाले के भला ऐजुगा के हिम्मत क सकेला? कवनो खास बाती बा का?
अ र्रे ह हो, रमुआ के खेतवा, हमनी के अपना नावे करावे के रहल हा नू, रमूआ बडी हिम्मत कईल सा, जाके पुलिस मे रिपोट लिखाई देले बा, अरू ऊ बच्चा आपन जान के कीमत नईखन जानत जे खेतवा मे ऑर्डर लगाई देले बा, कि हमनी के आदमी ओ प काम न क सकेला।
अभी जा के देखी आवतबानी राजा जी, अईसन के आ गईल बा, जे रऊआ खिलाफ रिपोट लिखी लिहल हा, अवरू रमूओ के देखी लेत बानी।
——————————

———————————————————————————————————-
अ र्रे ओ रमूआ, बहरी निकलु, राजा जी के खिलाफ रिपोट लिखईले हा, अरू सोचतारे कि बाची जईबे… अर्रे ओ रमूआ…

माई बाप रमूआ, सुबहे कवनो रिस्तेदारी मे चली गईल बा, गाव मे नईखे..

अर्रे…. अईसन .. अच्छा भईला ना त सुबहे-सुबह केहू के जान लेबे के दोस लागी जाईत. एहु तारी आजु भोला बाबा के दिन ह.. आजु केहु के जान लिहल ठीक ना कहाईत

————————————————————————————————————————–

बाबा, राजा जी के मनिर मे आजु पुजा ह.. चली के अभिशेक करावे के बा, सिव जी के, ठीक टाईम प आ जाईब, एहु तारी आज राजा जी के दिमाग खराब बा,

अच्छा मनोहर, हम आ जाईब, ई ला, कुल्ही समान ले आ देले रहिह

जी बाबा. अब हम जात बानी.. राम राम

राम राम

अन्दर से पण्डिताईन आवेलि.. के रहल हा जी?

राजा जी के चेलवा रहल हा, करीमनवा, सिव जी के अभिसेक खाती  बोला गईला हा

रऊआ जाईब?

जाये के त परबे करी, आखिर जिन्द रहे के बा कि ना!

हाँ ठीके कहत बानी.. जाई बाकी आराम से… कुछो बोलबी मत.. अरू जल्दी से चली आईबी।

——————————————————————————————————————————

गोड लागेनि मालिक, रऊआ काहे अईनी हाँ? सनेसा भेजवा देती। हमनिये के आ जईती जा!

बस बस बिहारी पुचुकार मत, सुबहे से सनेसा भेजवावत बानी, अरू रजुवो के भेजले रहनी हा.. कहाँ बाडन तहार दरोगा? जे हमरे आदमी के बाती ना मानले हाँ।

ए दरोगा, बहरी अईब , कि हम भीतरी आईं, हम आई जाईबी त तु कबो बहरी ना आई पईब।

मालिक दरोगा बाबु भीतरी बोलईनी हा….

ए दरोगा, कम समझतबाड अपना के?.. तलेले लॉक-अप मे रजुआ दिखी जा ला

मालिक हमरा के बहरी निकाली, अरू ए …. के बताई की राजा जी के हई, जे उनुका आदमी के ई लॉक-अप मे बन कई देले बा।

राजा जी के दिमाग गरम हो जा ला.. ए दरोगा हमरे आदमी के बहरी निकाल द… अभी तु हमरा के जानत नईख.. अभी छोड द. बच्चा समझ के माफी कई देब।

राजा जी, हम ऑफिसर हई, अन्याय के खिलाफ कानूनी कार्यवाही कईल हमार काम हा, हम ए के ना छोड सकेनि। रऊआ बुजुर्ग हई, ए से हम तनी इज्जत राखत बानी, ना त रजुआ संगे रऊओ ओजुगे दिखती।

ए दरोगा आआआआआआ

चिल्लाई मत, ई पुलिस थाना ह, राऊर घर ना ह, जवन एजुगा राऊर मलकियत चली।

हम अभीयो कहत बानी… रऊआ ऐईजा से जाई, बाकी हाँ एगो बाती सुनत जाई… हमरा रऊआ खिलाफ जईसे सबूत मिली जाई.. रऊओ कानुन के पंजा से मुक्त ना रही सकब।

राजा जी पैर पटकट बहरी चलल जात बानी।

साब जी, रऊआ एजुगा से चली जाईं, रऊआ जान प खतरा आ गईल समझीं, अभीये राजा जी के आदमी आ सकेले स…

हुह! वर्दी पहीनी के अतना डर!!! सरम नईखे आवत देस के साथ गद्दारी करे मे?

सरम दूर के बाती बा साब जी… अभी जान बचावल जरूरी बा

दरोगा जी ….

जाये द भाई.. इहाँ के ना मानबी.. आज फ़ेरू एगो फरिस्ता सहीद हो जाई…

हाँ, भई.. पर हमनी के आपन जान बचाही के पडी.. ना त बाल बच्चा कहा जईहेस

——————————————————————————————————————————

ए बाबा.. जल्दी जल्दी पुजा शुरू क द.. हमार दिमाग फेरी जाई ना त

हाँ राजा जी.. अभीये शुरू करत बानी..

एने मन्त्र उच्चारण शुरू भईल बा.. पन्डित सिव जी के अभिसेक शुरू कई देले बानी।

राजा जी लखिया के इसारा क देले बा।

पन्डित ई पूजा कईला से.. कुल्ही पाप धोवा जाला नु?

हाँ जजमान, कुल्ही पाप धोवा जाला।

सिव जी के अभिसेक पूरा होखे के आ गईल बा…

थाना मे दरोगा जी के सिव जी के पास जाए के मौका आ गईल बा……



About the Author

admin

3 Responses to “ भोजपुरिया बात ”

  1. गरिमा जी वतन की याद दिलाने के लिए बहुत बहुत धन्यवाद…आपकी लेखनी में बहुत ही सहजता है..बधाई

  2. amazing..great….rauwa bahut e badhiya likha hai aapne… aur ebhojpuria.com ke bahut-bahut badhai..jo rauwa aisan website shuru kaile baani…

  3. बधाई ..ऐसे ही लिखते रहे…ई-भोजपुरिया .काम को भी बधाई

Leave a Reply

You can use these XHTML tags: <a href="" title=""> <abbr title=""> <acronym title=""> <blockquote cite=""> <code> <em> <strong>